Notice: Function _load_textdomain_just_in_time was called incorrectly. Translation loading for the newsmatic domain was triggered too early. This is usually an indicator for some code in the plugin or theme running too early. Translations should be loaded at the init action or later. Please see Debugging in WordPress for more information. (This message was added in version 6.7.0.) in /home/imagequo/domains/shrinaradmedia.com/public_html/wp-includes/functions.php on line 6121
भोजपुरी जन जागरण अभियान द्वारा भोजपुरी के संवैधानिक मान्यता खातिर जंतर मंतर पर 16वां धरना सम्पन्न. - श्रीनारद मीडिया

भोजपुरी जन जागरण अभियान द्वारा भोजपुरी के संवैधानिक मान्यता खातिर जंतर मंतर पर 16वां धरना सम्पन्न.

भोजपुरी जन जागरण अभियान द्वारा भोजपुरी के संवैधानिक मान्यता खातिर जंतर मंतर पर 16वां धरना सम्पन्न.

०१
WhatsApp Image 2023-11-05 at 19.07.46
priyranjan singh
IMG-20250312-WA0002
IMG-20250313-WA0003
previous arrow
next arrow
०१
WhatsApp Image 2023-11-05 at 19.07.46
priyranjan singh
IMG-20250312-WA0002
IMG-20250313-WA0003
previous arrow
next arrow

श्रीनारद मीडिया सेंट्रल डेस्‍क

हम भोजपुरियन के इहे,आन-बान आ शान,
जबतक ना मानल जाई,जारी ई अभियान!

अंतरराष्ट्रीय मातृभाषा दिवस के दिना भोजपुरी भाषा के भारतीय संविधान के आठवीं अनुसूची में शामिल करावे खातिर भोजपुरी जन जागरण अभियान (Bhojpuri Language Recognition Movement) द्वारा दिल्ली के जंतर मंतर पर 16 वाँ एक दिवसीय धरना प्रदर्शन के आयोजन कइल गइल । एह धरना के नेतृत्व संगठन के राष्ट्रीय अध्यक्ष डाॅ० संतोष पटेल‌ करत रहले।

एह धरना प्रदर्शन में देश के कई गो प्रांतन से लोग शामिल भइल। भोजपुरी फिल्म‌ अभिनेता व कवि अभिषेक भोजपुरिया द्वारा भोजपुरी के संवैधानिक मांग के जरुरत पर प्रकाश डालल गइल ओहिजे अध्यक्ष डॉ.संतोष पटेल एकर ऐतिहासिक पक्ष पर बात राखत कहले कि भोजपुरी के पुरा दुनिया मान लेलस आ माॅरीशस व नेपाल में‌ मान्यता मिल गइल। जबकि मारीशस के सरकार द्वारा यूएन में भोजपुरी के गीत संगीत के मान्यता दिआवल गइल। ओहिजे भारत सरकार एकरा के कवनो महत्व नइखे देत। मनोज कुमार सिंह द्वारा एकर पुरातन होने के बात कहत बतवनी कि भोजपुरी के आइने अकबरी में बक्सरी जबान के नाम‌ से संबोधन कइल बा।

 

पुष्कर कुमार द्वारा आपन भोजपुरी आंदोलन गीतन के माध्यम से सरकार से भोजपुरी के मान्यता के मांग कइनी। झारखण्ड जमशेदपुर से शामिल अभियान के राष्ट्रीय संयोजक राजेश भोजपुरिया द्वारा धरना के माध्यम से केन्द्र सरकार से भोजपुरी के अविलंब आठवी अनुसूची में शामिल करे के बात कहनी आ साथे- साथ झारखण्ड में चल रहल भाषा विवाद के भी अपना सम्बोधन में मीडिया के तमाम आइल बन्धु लोगन के समक्ष भी रखनी। झारखण्ड में चल रहल भाषा विवाद के मुद्दा भी धरना के माध्यम से छाइल रहल आ केंद्र सरकार तक बात के पहुँचावल गइल।

आज के एह धरना में झारखण्ड से राजेश भोजपुरिया, छपरा से अभिषेक भोजपुरिया, दिल्ली से देवेन्द्र कुमार, प्रमेन्द्र कुमार सिंह,फाकीर जय, संतोष कुमार यादव (अधीवक्ता- सुप्रीम कोर्ट),शिवशंकर राय,नवीन कुमार,अनिल, चेतन मिश्रा, रामेश्वर महतो, मनोज कुमार सिंह,नागेन्द्र सिंह पटेल,अजय कुमार, डाॅ० राजेश कुमार माँझी, लोको झा (जद यू नेता),सुमित,मालिक राम,आशीष रंजन सिंह,ओम कुमार,पार्थ समेत अनेक लोग उपस्थित भइल आ सभे लोगन द्वारा एक सुर में सरकार से भोजपुरी के संवैधानिक मान्यता खातिर आवाज बुलंद कइल गइल।

धरना के समापन के बाद राष्ट्रपति, प्रधानमंत्री आ गृहमंत्री के नामे ज्ञापन दिहल गइल ।
– राजेश भोजपुरिया
(राष्ट्रीय संयोजक)
भोजपुरी जन जागरण अभियान

Leave a Reply

error: Content is protected !!