गुरु जी से पहिला भेट पहिला भोजपुरिया स्वाभिमान सम्मेलन 2010 में जीरादेई में भईल रहे

गुरु जी से पहिला भेट पहिला भोजपुरिया स्वाभिमान सम्मेलन 2010 में जीरादेई में भईल रहे

०१
WhatsApp Image 2023-11-05 at 19.07.46
previous arrow
next arrow
०१
WhatsApp Image 2023-11-05 at 19.07.46
previous arrow
next arrow

आलेख : वृजकिशोर तिवारी, आखर सदस्‍य

श्रीनारद मीडिया, सेंट्रल डेस्‍क:

गुरु जी से पहिला भेट पहिला भोजपुरिया स्वाभिमान सम्मेलन 2010 में देश के पहिलका राष्ट्रपति डॉ राजेन्द्र प्रसाद जी के गाँव जीरादेई में भईल रहे।
लेकिन तनि नया जगह , सब अरकुटिया आ जय भोजपुरी के लोग से नया नया भेट के वजह से विशेष ध्यान बाकी लोग पर ना दियाईल ।
साल भर तक बहुत तरह के बतकुचन में गुरु जी के नाव बार बार आवे । मन में लालसा बनल कि अबकी गुरु जी से मिले के बा ।
अगिला साल 2011 में फेर से भोजपुरिया स्वाभिमान सम्मेलन पंजवार में करे के प्रोग्राम बनल ।
2 दिसम्बर 2011 के गुरु जी के दुवार पर रहे खाये के बेवस्था रहे । उहाँ दिन भर आना जाना बनल रहे लेकिन गुरु जी से भेंट ना भईल ।
अगिला दिन 3 दिसम्बर के कार्यक्रम रहे । प्रभातफेरी के बाद कालेज पर स्टेज आ बैठे के मुआयना कुल्हि होत रहे । नीचे दरी टप्पर बिछावल गईल रहे । सगरी पंजवार में बड़का भईया वाला रुतबा मिले से तनि हाव भाव भी अलगे तरे के रहे ।
ओही बीच स्टेज पर से ही केहू से पूछनी , जी ई गुरु जी केने बानी जी कतहु लऊकनी ना …..??
ऊ का गुरु जी बाड़े …..!!
पूछनी कहाँ ….??
अरे उहे जे निचवाँ दरी पs झाड़ू लगावsतारे …..!!
हमार काटs त खून ना वाली स्थिति हो गईल।
इहें का गुरु जी हईं ….??
फेर तs ढेर चिझु मन में सिनेमा के तरे चले लागल ।
काल्हु इहेंका पूड़ी तरकारी परसत रहनी । फेके खाति पत्तल भी उठावे लागी । लाइब्रेरी में बिछवना के जुगाड़ भी करत रहीं । धउर के कभी ई करीं तs कभी ऊ ।
स्टेज से उतर के जाके उनकर चरण स्पर्श करे के झुकनी उहाँ के कदम दु कदम पीछे हो गईल ।
तबो हम जबरी उनकर पैर छुवनी । उनकर हाथे से झाड़ू लेवे के कोशिश भी कईनी लेकिन सफल ना भईनी ।
सही कहीं तs ओह समय तक उमिर के प्रभाव भा सवाशेर से भेंट ना होखे के वजह से कुछ अकड़ रहत रहे ।
बाकी गुरु जी से ओही भेट के बाद सगरी अकड़ हवा हो गईल ।
बहुत हद तक आदमी बन गईनी ।
गुरु जी अस सादगी से रहे वाला आदमी से आज तक केहू से भेंट ना भईल ।
आ एह भौतिक दुनिया में अब उम्मीद भी नईखे ।
भगवान इहाँ के अपना श्री चरनन में जगहा दीं ।

सादर श्रधांजलि
कोटिसः नमन

यह भी पढ़े

Raghunathpur: डॉ मुकुल कुमार सिंह को “बिहार श्री” सम्मान से किया गया सम्मानित

टी 20 क्रिकेट  टूर्नामेंट का हुआ आगाज  

दिशा की बैठक में गरीबों को पांच किलो के बजाय चार किलो राशन देने का मुद्दा प्रमुखता से उठा  

 नीतीश कुमार ने कहा- बिहार में शुरू हो चुकी है कोरोना की तीसरी लहर

 नीतीश कुमार ने कहा- बिहार में शुरू हो चुकी है कोरोना की तीसरी लहर

 

Leave a Reply

error: Content is protected !!