Notice: Function _load_textdomain_just_in_time was called incorrectly. Translation loading for the newsmatic domain was triggered too early. This is usually an indicator for some code in the plugin or theme running too early. Translations should be loaded at the init action or later. Please see Debugging in WordPress for more information. (This message was added in version 6.7.0.) in /home/imagequo/domains/shrinaradmedia.com/public_html/wp-includes/functions.php on line 6121
सीवान के गीतकार मोतीलाल मंजुल के नमन बा - श्रीनारद मीडिया

सीवान के गीतकार मोतीलाल मंजुल के नमन बा

सीवान के गीतकार मोतीलाल मंजुल के नमन बा

०१
WhatsApp Image 2023-11-05 at 19.07.46
priyranjan singh
IMG-20250312-WA0002
IMG-20250313-WA0003
previous arrow
next arrow
०१
WhatsApp Image 2023-11-05 at 19.07.46
priyranjan singh
IMG-20250312-WA0002
IMG-20250313-WA0003
previous arrow
next arrow

श्रीनारद मीडिया सेंट्रल डेस्क

बिहार के सीवान जिला के बसंतपुर प्रखंड के मोरना के रहनिहार मशहूर गीतकार मोतीलाल मंजुल जी हमनी का बीच नईखी बाकिर उहां के लिखल गीत आजो अनायास मानस पटल पर आ जाला।

गोरिया चांद के अंजोरिया नियन गोर…, जवना रोग के दवाई ना वैदा बताई त बुझिह….,नथुनिये पर गोली मारे, बोकवा बोलत नईखे.., गोरी चुनरी रंगवलु सबूज रंग से.. जईसन गीतन के रचना करे वाला मोतीलाल मंजुल जी भोजपुरी जगत मे आपन एगो अलग पहचान बनवले रहन।मंजुल जी के लिखल कई गो गीत गाके कई गो गायक लोग अपना के स्थापित कईलस।

मंजुल जी के प्रतिभा के अंदाजा एही से लाग जाला कि उनकर लिख़ल गितन के महेंद्र कपूर,अनुराधा पौडवाल,तृप्ति शाक्या,सोनू निगम जईसन स्थापित गायक गायिका लोग आपन आवाज से सजवले।

भोजपुरी के गायक गायिका लोगन के बात करी त भरत शर्मा,मुन्ना सिंह,विजया भारती,मनोज तिवारी,कल्पना पटवारी, रितु चौहान जईसन गायक गायिका लोग मंजुल जी के लिखल गितन के गाके गायन का क्षेत्र में आपन लोकप्रियता के बढ़वले बा लोग।
मंजुल जी के दू गो लइकी लोग रितु चौहान आ सोनी चौहान के गावल भोजपुरी विवाह गीत आजो शादी बियाह के अवसर पर सुने के मिल जाला।

मोतीलाल मंजुल जी टी सीरीज,टिप्स, एच एम वी, नीलम,चंदा समेत कई गो कैसेट कंपनी के साथ काम करत सैकड़ों गीत लिखले रहीं।एकरा अलावा मंजुल जी टी सीरीज खातिर हास्य टेली फिल्म बिहारी लोटा,ससुर के खिचड़ी,चाचा के साली हमर घरवाली के साथ मे प्रेम के कहानी पर बनल सिनेमा ‘ गुलबिया के प्यार में’,भक्ति टेली फिल्म ‘ थावे के भवानी ‘,गंगा जईसन छठी मइया के भी अपना लेखनी से संजोवले रहन एकरा खातिर संवाद,कहानी,निर्देशन आ गीत लिखला के साथ भोजपुरी सिनेमा खातिर भी कई गो गीत लिखले रहीं।
इनकर लिखल विवाह से संबंधित गीत ‘समधीन झंडीमार,शुभ तिलक,प्यारी प्यारी दुलहीन,अलबेला दूल्हा मे त दूल्हा दुलहीन दूनो पक्ष पर आपन कलम चलवले रहीं।

मंजुल जी के लिखल गीत भोजपुरी सिनेमा देवा,भाई होखे त भरत जईसन,पिया छोड़ के नाजा तू, मांटी मांगे प्यार,घूंघट के छांव में,थानेदार.. जईसन सिनेमा में आइल बा।

उहां के कई गो सम्मान पुरस्कार से सम्मानित भी कईल गइल रहे, जवना मे – भोजपुरी ग्रेट सम्राट, रामेश्वर सिंह काश्यप सम्मान, शारदा सम्मान,प्रवासी रत्न सम्मान,लोक कवि सम्मान,कला संस्कृति सम्मान,पूर्वांचल गौरव सम्मान के अलावा कई गो मंच से सम्मानित भइल रहीं।

Leave a Reply

error: Content is protected !!