Notice: Function _load_textdomain_just_in_time was called incorrectly. Translation loading for the newsmatic domain was triggered too early. This is usually an indicator for some code in the plugin or theme running too early. Translations should be loaded at the init action or later. Please see Debugging in WordPress for more information. (This message was added in version 6.7.0.) in /home/imagequo/domains/shrinaradmedia.com/public_html/wp-includes/functions.php on line 6121
भोजपुरिया समाज के नीक आ नेक पहल,शुरु भईल योग-प्राणायाम के कार्यक्रम  - श्रीनारद मीडिया

भोजपुरिया समाज के नीक आ नेक पहल,शुरु भईल योग-प्राणायाम के कार्यक्रम 

भोजपुरिया समाज के नीक आ नेक पहल,शुरु भईल योग-प्राणायाम के कार्यक्रम

०१
WhatsApp Image 2023-11-05 at 19.07.46
priyranjan singh
IMG-20250312-WA0002
IMG-20250313-WA0003
previous arrow
next arrow
०१
WhatsApp Image 2023-11-05 at 19.07.46
priyranjan singh
IMG-20250312-WA0002
IMG-20250313-WA0003
previous arrow
next arrow

श्रीनारद मीडिया, सीवान(बिहार):

सारण भोजपुरिया समाज के तत्वावधान में आजू से कोरोना महामारी से लड़े में कारगर योग प्राणायाम के अभ्यास के शुभारंभ पतंजलि योगपीठ हरिद्वार से प्रशिक्षित आ भूतपूर्व जिला महिला प्रभारी पूर्वी चंपारण (पतंजलि योगपीठ एवं भारत स्वाभिमान ट्रस्ट के महामंत्री ) आशा सिंह (मोतिहारी) के माध्यम से बहुत ही सराहनीय आ सफल आयोजन के शुरुआत हो चुकल बा। एकर परिणाम बहुत नीमन रहल ह। आज लगभग चौबीस सौ लोग देख चुकल बा। कई लोगिन के फोन आ रहल बा ऊंहा सभे फोन के माध्यम से प्रशंसा कर रहल बानी। हमनी के एकरा माध्यम से इहे प्रयास बा कि योग प्राणायाम से जुड़ के अधिक से अधिक लोग लाभ उठाईं आ तनाव से मुक्त होईं।
अभी के समय में सब लोग कोरोना अइसन अदृश्य वायरस से भयभीत हो गइल बा। जबकि ऐकरा से डेराइला के काम नईखे,बल्कि खूब खूश रहके योग प्राणायाम कईला आ पौष्टिक आहार खईला के जरुरत बा। पिछला साल कोरोना काल में गीत गवनई के साथे समय काटल गइल। बाकी अबकी बार चारों ओरी सोशल मीडिया में खौफ के मंजर से मनई के मन में नकारात्मकता समा गइल बा।जेकरा कारण लोग सोशल मीडिया से दूर हो गइल बा।


लेकिन सारण भोजपुरिया समाज के पटल से रोग आ तनाव से मुक्ति खातिर ई एगो सकारात्मक प्रयास बा । बाकी इ तबे सफल हो सकी,जब रउरा लोगिन ऐह आयोजन में शामिल होखब ।
पटल के कोई भी भाई बहीन लोग योग, प्राणायाम आ आयुर्वेद के माध्यम से लोग के लाभ पहुंचावे के चाहत बा, पटल पर ओ लोग के स्वागत बा। सारण भोजपुरिया समाज के संस्थापक आ संरक्षक बिमलेंदु भूषण पांडेय ई बातन के जानकारी देत निहोरा कईले बानी कि आईं हमनी सब कोई मुरझाइल चेहरा पर मुस्कान देवे के प्रयास कईल जाव।

यह भी पढ़े

बिना आदेश के चलने वाले बस को किया जाएगा जप्त

ममता बनर्जी ने कई सीनियर पुलिस ऑफिसर का किया ट्रांसफर, कूचबिहार के एसपी सस्पेंड.

सुबह 7 बजे से लेकर 11 बजे तक खुले रहेंगे बिजली बिल जमा काउंटर

हुसैनगंज अस्पताल के सेवानिवृत्त प्रभारी चिकित्सा पदाधिकारी की कोरोना से मौत

बिजली के हाई टेंसन तार के चपेट में आने से तीन युवक झुलसे, एक की हुई मौत,गांव में पसरा मातम

Leave a Reply

error: Content is protected !!