Notice: Function _load_textdomain_just_in_time was called incorrectly. Translation loading for the newsmatic domain was triggered too early. This is usually an indicator for some code in the plugin or theme running too early. Translations should be loaded at the init action or later. Please see Debugging in WordPress for more information. (This message was added in version 6.7.0.) in /home/imagequo/domains/shrinaradmedia.com/public_html/wp-includes/functions.php on line 6121
भाषा मात्र सम्प्रेषण ना ह , भाषा इतिहास ह वर्तमान ह भविष्य ह । - श्रीनारद मीडिया

भाषा मात्र सम्प्रेषण ना ह , भाषा इतिहास ह वर्तमान ह भविष्य ह ।

भाषा मात्र सम्प्रेषण ना ह , भाषा इतिहास ह वर्तमान ह भविष्य ह ।

०१
WhatsApp Image 2023-11-05 at 19.07.46
priyranjan singh
IMG-20250312-WA0002
IMG-20250313-WA0003
previous arrow
next arrow
०१
WhatsApp Image 2023-11-05 at 19.07.46
priyranjan singh
IMG-20250312-WA0002
IMG-20250313-WA0003
previous arrow
next arrow

श्रीनारद मीडिया सेंट्रल डेस्क

ग्रियर्सन के सबसे शुरुवाती आ बेहतर काम रहे भोजपुरी के । अइसन नइखे कि भोजपुरी प काम करे वाला पहिला व्यक्ति रहले ग्रियर्सन , काहें कि भोजपुरी व्याकरण प पहिला काम 11वी-12 शताब्दी में तनी मनी भइल रहे । असल में संस्कृत व्याकरण प काशी में काम होत रहे ओहि में भोजपुरी के व्याकरण के चर्चा भइल बा स्थानीय भाषा के नाव प । भोजपुरी शब्द लिखे के प्रमाण 17वी -18वी शताब्दी मिलेला आ भोजपुरी प शुरुवाती काम करे वाला लोग अंग्रेज अधिकारी रहे जवना में बीम्स , हार्न्ले , ग्रियर्सन, आर्चर आदि लोग मिलेला । जदि एह में ग्रियर्सन के छोड़ दिहल जाउ त बाकी लोगन के भाषा काम शौखिया रहे भा बहुत सिमीत क्षेत्र के रहे ।

हम ग्रियर्सन के बात एह से करत बानी काहें कि ग्रियर्सन के विरोध में डॉ. उदय नारायण तिवारी के भोजपुरी प काम करे के चेष्टा शुरु भइल रहे । आ ओहि क्रम में उदय जी आज से 70-80 साल पहिले भोजपुरी के मय इलाका सीमावर्ती जिला आ गांवन में जा के प्रायोगिक तौर प भाषा के बोले के नमूना लेहले आ फेरु भोजपुरी भाषा के इतिहास आ व्याकरण के लिखले ।

एगो सवाल अक्सर लोग उठावेला कि भाषा आ बोली का ह ?

असल में भाषा शब्द संस्कृत के भाष्‌ शब्द से बनल बा जबकि बोली शब्द प्राकृत के बोल्ल्‌इ शब्द से बनल बा । यानि कि अंग्रेजी में Mother Tongue हिंदी के मातृभाषा हो जाला । लिपि जवन लिखे के तरिका ह , यानि कि जवन रउवा बोलत बानी उ भाषा ह रउवा अंग्रेजी हिंदी बंगाली भोजपुरी अरबी उर्दू मय के बोल सकेनी , बाकिर एकनी के लिखे खातिर रउवा कैथी, रोमन, देवनागरी, ब्राम्ही , तिरहुता, नस्तालिक आदि लिपि के प्रयोग करे के परी । रउवा बोले खातिर लिपि के जरुरत ना परेला ।

एकर माने का भइल कि रउवा विश्व के कवनो भाषा के लिख सकेनी आ ओह के बोल सकेनी । एह बात के अउरी बुझे के जरुरत बा त ध्यान दिहीं कि अंग्रेजी में काहें Mother Tongue होला बाकिर Mother Language काहें ना होला ? ( पिछला कुछ समय से Mother Language कहाए लागल बा)

काहें बेटा-बेटी जनमते बोलेला । बोल्ल्‌इ । ध्यान इहो देबे के जरुरत बा कि हिंदी में कवनो मातृबोली लेखा शब्द नइखे , बस कुछ हिंदी के साहित्यकार लोग Mother Tongue के सोझ माने मातृबोली बना देले बा बाकिर मूल प्रायोजन मातृभाषा से बा ।

संगे संगे इहो बात ध्यान राखे के जरुरत बा कि , मातृलिपि लेखा कवनो शब्द हिंदी में नइखे आ ना Mother Script जइसन शब्द अंग्रेजी में बा । एह के माने इ भइल कि स्क्रिप्ट जवना के हमनी के लिपि कहेनी जा उ भौगोलिक आधार प ना हो के ओह क्षेत्र के बुद्धिजीवी लोगन के एगो भाषा के लिखे खातिर Developed तरिका ह । कैथी एगो नीमन उदाहरण बिआ जवना के एगो वर्ग यानि कि कायस्थ ( लाला/श्रीवास्तव /सिन्हा /गुप्ता ) लोग अपना हिसाब किताब जोड़-घटाव खातिर विकसीत कइल लो जवन लिपि के रुप ले लेहलस । भारत के अधिकतर लिपि के विकास ब्राम्ही लिपि से भइल बा भा प्रभावित बाड़ी स ।

शुरुवात में जवन अंग्रेजी में लिखल बा उ डॉ उदय नारायण तिवारी जी के भोजपुरी भाषा के विश्व पटल प ले जाए के प्रयास के देखावल गइल बा । तिवारी जी अंग्रेजी आ हिंदी में भोजपुरी के किताब लिखले बानी । इहें के प्रयास से भोजपुरी के पहिला कहानी संग्रह ‘ जेहल के सनदि ‘ आइल रहे आ इहें के प्रयास से भोजपुरी के अदभुत आ संभवतः पहिला महाकाव्य ‘ बौद्धायन ‘ सिरजित भइल रहे ।

राहुल सांकृत्यायन , बाबा नागार्जुन , अवध बिहारी सुमन ‘ दण्डीस्वामी’ आ उदय नारायण तिवारी , एह चारो लोगन के चौकड़ी इलाहाबाद में खुब जमत रहे । तीन गो भोजपुरिया आ एगो मैथिल । असल में तिवारिये जी के संगत ह कि भोजपुरी में गद्य के कमी के देखत जेहल के सनदि आइल आ एह से पहिले राहुल सांकृत्यायन जी के 5 नाटक आ फेरु 3 नाटक , कुल्ह 8 गो नाटक आइल । तिवारी जी के उसुकावला के बादे , अवधबिहारी सुमन जी , दण्डीस्वामी बनला के बाद ‘ बौद्धायन’ महाकाव्य के सिरजना कइनी ।

इतिहास में बहुत कुछ बा , भाषा के निर्माण अंगुरी प गिन के नइखे भइल सदियन सदियन से फेंड़ खुंट जीउ जनावर के अजब गजब आवाज से बुनियाद धराइल बा शब्दन के । भाषा के बोले के इतिहास 70 हजार साल के बा , बाकिर भाषा के लिखे के इतिहास मात्र 4 हजार साल के बा । भाषा मात्र सम्प्रेषण ना ह , भाषा इतिहास ह वर्तमान ह भविष्य ह ।

Leave a Reply

error: Content is protected !!