Notice: Function _load_textdomain_just_in_time was called incorrectly. Translation loading for the newsmatic domain was triggered too early. This is usually an indicator for some code in the plugin or theme running too early. Translations should be loaded at the init action or later. Please see Debugging in WordPress for more information. (This message was added in version 6.7.0.) in /home/imagequo/domains/shrinaradmedia.com/public_html/wp-includes/functions.php on line 6121
शत शत नमन एह सांस्कृतिक योद्धा के - श्रीनारद मीडिया

शत शत नमन एह सांस्कृतिक योद्धा के

शत शत नमन एह सांस्कृतिक योद्धा के

०१
WhatsApp Image 2023-11-05 at 19.07.46
priyranjan singh
IMG-20250312-WA0002
IMG-20250313-WA0003
previous arrow
next arrow
०१
WhatsApp Image 2023-11-05 at 19.07.46
priyranjan singh
IMG-20250312-WA0002
IMG-20250313-WA0003
previous arrow
next arrow

श्रीनारद मीडिया सेंट्रल डेस्क

18 दिसम्बर 1887 । देश सुनुगत रहे । बिहार 1857 से गंगा किनारे जरत चिता के आगि में आपन भविष्य देखत रहे । रोज कुछ माई बिन बेटा के हो जा सन । कुछ बहिनन के कपार पर से भाई के कलाई उठ जाव । कुछ सुहागिन के सेनुर पोंछा जाव । गंगा किनारे के चिता के आग कबो मद्धिम ना पड़े । 30 बरिस हो गइल रहे क्रांति के । कुँवर सिंह के कथा एक एक जबान पर नाचत रहे । गांव गांव में क्रांति आ आजादी के बात होखे । अइसने समय में कुतुबपुर दियरा में जनम भइल भिखारी के । जनमते हाथ मे छूरा आ कइंची मिल गइल । देश अंग्रेजन से लड़े वाला योद्धा जोहत रहे ।

बिहार ढोंग आ कुरीतियन से लड़े वाला “नचनिया” दिहलस । नचनिया- सांस्कृतिक योद्धा- भिखारी ठाकुर । इहे नचनिया मर चुकल उम्मेद में उल्लास के बिया बोवलस । डेरा के अपना पलानी में सिपुटल लोगन के पंचलैट के रोशनी में खींच लियाइल । ओहि रोशनी से निकलल रहे राह समाज सुधार के । राजा राम मोहन राय आ ईश्वर चंद्र विद्यासागर जवन काम गंगा सरजू के किनार पर ना कर सकल लो, भिखारी चुटकी बजा के क दिहलन । घरे घरे जा के ना । अपना लगे बोला के । आपन नाच देखा के । आपन नौटंकी देखा के ।

जहँवा नाच नधाव । कोस भर ले हाला हो जाव । गांव के गांव खाली । “बिदेशिया” के बिदेशी जब अपना प्यारी सुंदरी से कलकत्ता जाए के जिद करे नू त चोंप पकड़ के बइठल भुलेटना के रोंवा सीहिर जाव । ओकरा याद परे लागे दू दिन पहिले के बात जब अपना बिंदिया से कलकत्ता जाए के जिद पर अड़ गइल रहे । जइसे जइसे कथा आगे बढ़े उ डूबत जाव उतरात जाव ।

पूरा कलकत्ता देख लेव अपना आंख से । शहर के ताम झाम, ताश के खेला, रखेलिन के माया , मेहरारू के वियोग सब कुछ ओकरा सामने झलक जाव । नाटक खतम भइला के बाद उ रुकल ना । ओकरा गोड़ में जइसे बिजली के करंट लाग गइल होखे । सीधे अपना बिंदिया के लगे गइल । अँकवारी भर के करेजा फार रोआई रोवलस । जइसे जिनगी खतम होखे वाला रहे आज के बाद । लोर पोंछत बस अतने कह पइलस बिंदिया से- हम तोरा के छोड़ के कहीं ना जाएब….कब्बो ना जाएब ! कोस भर दूर भिखारी आपन गाजा बाजा समेटत मुस्की मारत रहले । उनका पता ना रहे कि आज एगो प्यारी सुंदरी के वियोग हर लेले बाड़े उ !

भाई बिरोध के खेला जइसहीं शुरू होखे । पुतुल काका के बहार आ जाव । नाटक खतम भइला के बाद महीना दिन ले कउड़ा बइठ के गांव भर के समझावत रहस । कवनो कुटनी के फेरा में मत रहिहs लो । ना त भिखारी बाबा के भाई बिरोध वाला हाल होई । देखलs लो नू – तीन गो भाई । आपस में भयंकर प्रेम । बड़का संत । छोटका बाछी । मझिला डाढ़ी में के झुलुआ । झुलुआ झुलल । मेहरारू के बात में आके भाइये के मार दिहलस । दू हिस्सा संपति के फेरा में जेलो गइल आ भाइयो गँववलस । एगो कुटनी के चक्कर में पूरा परिवार तहस नहस । गांव के कउड़ा से निकलल बात धुंवा बन के हर छप्पर पर जाव । कवनो खल चरित्र जइसहीं घर में आवे ई धुंवा ओकरा के छाप लेव । एह सब से अनजान भिखारी ठाकुर अपना अगिला नाटक के छंद लिखत रहलन ।

बेटी वियोग के पहिला मंचन रहे । बड़का घर में बेटी के शादी तय क के सुरेमन काका के मन हलुक हो गइल रहे । नाटक देखे चल दिहलन । चलत चलत काकी कहले रहली – हम जागले रहब । आएब त हमरो के कथा सुनाएब । महीना दिन बाद हमनियो के त बेटी वियोग झेलहीं के बा । नाटक शुरू भइल । कम उमिर के लइकी । चार गुना उमिर के दुलहा । बेटी दुलहा के झुलल चाम देख के चीत्कार उठतिया । बाबूजी के कान्ह पकड़ के विलाप क उठतिया – “चेरिया के छेरिया बनवलs हो बाबूजी !”

सुरेमन काका गमछा से लोर पोंछत दउरत रहलें । काकी जइसहीं किल्ली खोलली करेजा फार के रोवे लगलन । काकी अतने पूछले रहली -” का भइल ! ढेर रोआ दिहलस का बेटी वियोग !” काका कहले रहलन -“उ बेटी वियोग ना रहे रे बुचिया के माई ! बेटी बेचवा रहे । कुल खानदान आ पइसा रुपिया देख के हम अपना बेटी के बेमेल बियाह ना करब रे ! हमार आंख खुल गइल हो भिखारी बाबा ! बेटी के बियाह ओकरा लाएक बर से करब ! अपना चेरिया के छेरिया ना बनाएब ।”
बिना कवनो हो हल्ला के मल्लिक जी गुहाटी के ट्रेन में चद्दर तान के सुतल रहलन ।

जन्मदिन के अवसर पर शत शत नमन एह सांस्कृतिक योद्धा के । एगो अइसन योद्धा जवन अपना गोड़ में घुंघरू बांध के अपने नाचल आ जकड़ल समाज के अपना ताल पर नचवलस ।

आभार– संजय सिंह, सीवान

Leave a Reply

error: Content is protected !!