Notice: Function _load_textdomain_just_in_time was called incorrectly. Translation loading for the newsmatic domain was triggered too early. This is usually an indicator for some code in the plugin or theme running too early. Translations should be loaded at the init action or later. Please see Debugging in WordPress for more information. (This message was added in version 6.7.0.) in /home/imagequo/domains/shrinaradmedia.com/public_html/wp-includes/functions.php on line 6121
 आजू 29 मार्च 1857 एगो खास दिन अमर शहीद मंगल पांडे से जु‌ड़ल बा. - श्रीनारद मीडिया

 आजू 29 मार्च 1857 एगो खास दिन अमर शहीद मंगल पांडे से जु‌ड़ल बा.

आजू 29 मार्च 1857 एगो खास दिन अमर शहीद मंगल पांडे से जु‌ड़ल बा.

०१
WhatsApp Image 2023-11-05 at 19.07.46
priyranjan singh
IMG-20250312-WA0002
IMG-20250313-WA0003
previous arrow
next arrow
०१
WhatsApp Image 2023-11-05 at 19.07.46
priyranjan singh
IMG-20250312-WA0002
IMG-20250313-WA0003
previous arrow
next arrow

अमर शहीद मंगल पांडे – 29 मार्च 1857 के दिन

श्रीनारद मीडिया सेंट्रल डेस्क

अपना संग साथ जवार के सैनिक लोगन के अपना ओजस्वी भाषण से जगवले आ ओहि दिने अंग्रेजन के कैम्प प हमला भईल , भारत के जनता सोचते रहे , तबले भारत के बेटा जागि गईल रहलन स , कुछ कई गुजरे खाति, आगि लहक चुकल रहे , शुरुवात हो गईल रहे माँ भारती के बेटा अमर शहीद मंगल पांडे ललकार देले रहले । खबर अंग्रेजन तक पहुंच गइल रहे की मा भारती के सपूत चल देले बाडन स ।

” एगो बहाना चाहत रहे , करेजा मे धधकत आगि के बहरी निकले खाति एगो बहाना , आगि जवन कई बरिस से धधकत रहे ओह के उसुकावे खाति उटुकेरे खाति कि धधकत आगि के लहकावे खाति आ ओकरा लव मे अंग्रेज लहकि के जरि जा स ओह लहर के जगावे खाति काम कइलस बंदुख के कारतूस जवना मे चर्बी लागल रहे । ”

बाबुजी के नाव श्री दिवाकर पांडे आ माई के नाव अभय रानी रहे , गांवे प पढाई लिखाई भईल कसरती देहि अखाडा दंगल के सवख अमर शहीद के करेजा के कसरती बना देले रहे ।

टांठ करेजा, छरहर कसल देहि १८ साल के होत होत जइसे कि साधारण पुरबियन के अधिकतर स्थिति रहे कमाये धमाये पुरब देस जाये के मजबुरी , अमर शहीद के एहि १९-२० बरिस के उमिर मे ईस्ट इंडिया कम्पनी ज्वाईन करे खाति मजबूर कई देहलस आ ई भारत माता के लाल १८४८-४९ मे बैरकपुर के सैनिक छावनी मे ३४ बंगाल नैटिव इंफेंट्री के पैदल सेना १४४६ नम्बर के सिपाही के रुप मे ईस्ट इंडिया कम्पनी के सिपाही बनि गइले ।

एनफील्ड पी ५३ बंदुख के कारतूस ओह लुत्ती के काम कइलस जवना के इंतेजार मे संवसे भारत रहे , असल मे ई बंदुख , ब्राउन बैस बंदूख से ढेर बरिआर सही निशाना आ ब्राउन बैस लेखा मिस फायर ना करत रहे ना एकर नाल ढेर फायरिंग प फाटत रहे , एहि से अंग्रेजन के अकुताई धईले रहे एनफिल्ड पी ५३ के मय सैनिक लो के हाथ मे देबे के , बाकि एनफील्ड पी ५३ के संगे दिक्कत ई रहे कि एकरा मे कारतुस भरे से पहिले कारतुसवा के दांत से नोचे के परत रहे फेरु बंदूखिया मे भरे के परत रहे , करतुसवा के बहरी चरबी लगावल जात रहे जवना से उ सिले ना नमी जनि धरे आ बंदुखिया मे भरे से पहिले उहे चर्बिया के दांत से नोचे के परत रहे । जब ई बंदूख सैनिक लोगन के मिलल ओहि बीचे ई हावा फईल गईल कि कारतूस के कभर जवन दांत से नोचाता उ चरबी ह आ उ चर्बिया गाई आ सुअर के ह । बस अतना सुनते सगरे हडकम्प मचि गईल आ का हिन्दू का मुसलमान सभे मेआन से बाहर ।

मंगल पांडे ओहि मे एगो रहले, पहिले लोकतांत्रिक तरिका से विरोध कइले बाकि अंग्रेजी सेना जवना के नीयत ही रहे भारत के संस्कार संस्कृति के कचरल , लागल बरिआरी करे । आ इहे बरिआरी की बागी बलिया के एह सपूत के ई कुल्हि सहाईल ना , आ विरोध शुरु हो गइल ।

अ फेरु 29 मार्च के एह नेक काम के अंजाम दिहल गईल , विद्रोह के लुत्ती जर चुकल रहे ।

मेजर हडसन अपना सैनिक के टुकडी संगे मंगल पांडे आ इनिका संघतिया लो के रोके खाति निकलले एने से मंगल पांडे आ इनिकर संघतिया , मंगल पांडे आगे बढि के मेजर हडसन के निशाना बना के गोली दागते कहि कि उनुका संग के सैनिक लो लेह लम्मी आ मेजर हडसन ओजुगे सेल्हि गइले । मेजर हडसन के मुअला के खबर जइसे अंग्रेजी सेना के हेडक्वार्टर मे गइल त लेफ्टिनेट बाब लाव लश्कर ले मंगल के मारे चलले , युद्ध शुरु हो गईल रहे , लडत लडत एगो समय अईसन आईल कि मंगल पांडे आ लेफ्टिनेट बाब मे तलवार से युद्ध होखे लागल आ अंत मे मंगल पांडे लेफ्टिनेंट बाब के दुनि बाँहि काटि देहले । बाब के मुअत देखि कर्नल व्हीलर आगे बढले तलेले मंगल पांडे के संघतियन के गर्जना सुनि उ भागि चलले ।

29 मार्च भारतीय इतिहास मे एगो अहम दिन आजादी के लुत्ती के शुरुवात के दिन के से जानल जाला ।
आखर परिवार बेर बेर नमन क रहल बा अमर शहीद मंगल पांडे जी के ।

आखर परिवार अपना महानायक के बेर बेर नमन क रहल बा ।

Leave a Reply

error: Content is protected !!