वशिष्ठ नारायण सिंह : महान गणितज्ञ के जयंती पा नमन बा.
श्रीनारद मीडिया सेंट्रल डेस्क
जन्मतिथि – 2 अप्रैल 1946
पुण्यतिथि – 14 नवम्बर 2019
आखर परिवार, महान गणितज्ञ पद्मश्री वशिष्ठ नारायण सिंह जी के जयंती प बेर बेर नमन क रहल बा ।
पद्मश्री स्व. वशिष्ठ बाबू के बारे में संक्षेप में जानकारी –
– 2 अप्रैल 1946 : जन्म.
– 1958 : नेतरहाट के परिक्षा में सबसे बेसी अंक
– 1963 : हायर सेकेंड्री के परिक्षा में टापर
– 1964 : इनिका खातिर पटना विश्वविद्यालय में कानून बदलल । सीधे ऊपर के क्लास में दाखिला मिलल । बी.एस-सी.आनर्स में सर्वोच्च स्थान ।
– 8 सितंबर 1965 : बर्कले विश्वविद्यालय से बोलावा आ दाखिला
– 1966 : नासा में
– 1967 : कोलंबिया इंस्टीट्यूट ऑफ मैथेमैटिक्स के निदेशक
– 1969 : द पीस आफ स्पेस थ्योरी विषय से तहलका मचा देने वाला शोध पत्र (पी.एच-डी.) दाखिल
– बर्कले यूनिवर्सिटी उहाँ के “जीनियसों का जीनियस” कहले रहे
-1971 : भारत वापस
– 1972-73: आइआइटी कानपुर में प्राध्यापक, टाटा इंस्टीट्यूट आफ फंडामेंटल रिसर्च (ट्रांबे) आ स्टैटिक्स इंस्टीट्यूट के महत्वपूर्ण पदों प आसीन
– 8 जुलाई 1973 : शादी
– जनवरी 1974 : विक्षिप्त, रांची के मानसिक आरोग्यशाला में भर्ती
– 1978: सरकारी इलाज शुरू
– जून 1980 : सरकार के ओर से इलाज के पइसा बंद
– 1982 : डेविड अस्पताल में बन्हकी धराइल रहनी
– 9 अगस्त 1989 : गढ़वारा (खंडवा) स्टेशन से लापता
– 7 फरवरी 1993 : डोरीगंज (छपरा) में एक मड़ई के होटल के बहरी फेकल खाना में , खाना जोहत भेटाइल रहनी ।
– तब से रुक-रुक के कबो प्राइवेट त कबो सरकारी इलाज ।
– अक्टूबर 2019 : पीएमसीएच के आईसीयू में
– 14 नवंबर 2019 : निधन
आखर परिवार अपना एह महान गणितज्ञ के याद क रहल बा बेर बेर नमन क रहल बा ।
- यह भी पढ़े……
- परीक्षा पे चर्चा कार्यक्रम से विद्यार्थियों का बढ़ेगा मनोबल : कुलपति
- मीडिया की नैतिकता में क्षीजन से पत्रकारिता पर संकट : राकेश प्रवीर
- हुसैनगंज में हुआ प्राईम होम वेयर शोप का उद्घाटन
- क्या बिहार की राजनीति में कुछ होने वाला है?